विज्ञापन

हरे द तूं उनकर अब परनवां हो

Sanjai kumar

Mere Alfaz
                                    
                                                                        
                            ला द तिरंगा रंग झंडवा ए पापा !
        
                                                    
                            
जाये चाहतानी हम सीमवां पे हो–
आज काम बा ।

घुस आइल दुश्मनवां,
तोड़ब उनकर अरमनवां,
हरे द तूं उनकर अब परनवां हो,
आज काम बा ।

ला द तिरंगा रंग झंडवा ए पापा !
जाये चाहतानी हम सीमवां पे हो,
आज काम बा।

देख होखे गोलाबारी,
दिन पर दिन होखे बमबारी,
तोड़े द तूं उनकर अब गुमनवां हो,
आज काम बा।

ला द तिरंगा रंग झंडवा ए पापा !

जाये चाहतानी हम सीमवां पे हो,
आज काम बा ।

घर में घुस के ऊ ललकारे,
केतने लोग के देख मारे,
आज मरोड़े द तूं उनकर गरदनवां हो,
आज काम बा ।

ला द तिरंगा रंग झंडवा ए पापा !
जाये चाहतानी हम सीमवां पे हो,
आज काम बा ।।
4 सप्ताह पहले
विज्ञापन

विशेष

आज के शीर्ष कवि Show all

Dn Chaubey

7450 कविताएं

View Profile