गंगा के तीरे तीरे
आव तनी धीरे धीरे
गंगा के किनारे हमार गांव बा
जहां अमवा अमरूदिया के छांव बा
जहां बरगद, पीपल के छांव बा
अभी गंगा माई आईल बाड़ी
नया माटी लेआईल बाड़ी
अभी चलत नाव बा
प्यार के छांव बा
देख दहार बा
पर प्यार बा
कईसे तू कह तार, गऊंवा में का बा?
हमार गऊंवा में प्यार बा
टूटल पलानी बा
पर प्यार के कहानी बा
प्यार भरल जिंदगानी बा
गऊंवे में जवानी बा
लोगवा बलिदानी बा
तप त्याग के कहानी बा।
- सत्येन्द्र कुमार सिंह 'सहज'