छोड़ के बलिया
छोड़ के बैरिया
गईनी हम गोरखपुर
एम.ए.बी.एड. कईके अईनी हम पांडे पुर
छोड़ के आपन पांडे पुर
गईनी हम मुजफ्फरपुर
भटकत भटकत फेर अईनी हम गांव
मिलल तनी आपन बगईचा के छांव
याद आवेला गांव बधार
याद आवेला आपन आधार
गईया भईसिया सब कहां हेराईल?
गंऊवा हमार कहां हेराईल?
पूछता मनवा हमार
कहां भुलाईल गंऊवा हमार?
आम अमरूद जामुन के पेड़ सब उदास बा
लागल चारो ओर कंजास बा
केहूं हमारा के चिन्हत नईखे
केहू हमारे के गिनत नईखे
अब कहां जाईं?
भाई भाई में भईल लड़ाई।
- सहज कुमार
- हम उम्मीद करते हैं कि यह पाठक की स्वरचित रचना है। अपनी रचना भेजने के लिए यहां क्लिक करें।
कमेंट
कमेंट X